मेरा ब्लॉग मेरी रचना- लव तिवारी संपर्क सूत्र- +91-9458668566

माई महिमा ह जग में अपार बालमा एके मानेला सगरी संसार बालमा ~ Lav Tiwari ( लव तिवारी )

Flag Counter

Flag Counter

मंगलवार, 15 जुलाई 2025

माई महिमा ह जग में अपार बालमा एके मानेला सगरी संसार बालमा

 माई महिमा ह जग में अपार बालमा

एके मानेला सगरी संसार बालमा


मथवा मुकुट सोहे ललकी चुनरिया

कंगना कलाई सोहे अंगुरी मुनरिया

ऊ त शेरवा पर बाड़ी सवार बालमा

माई महिमा ह जग में अपार बालमा


दुर्गति हारिणी कहीं दुर्गा कहइली

कहीं विन्ध्य वासनी के नाम से पुजइली

भरल रहेला उनके दरबार बालमा

माई महिमा ह जग में अपार बालमा


एक बात अउरी सब कहेला सजनवा

दुख दूर होइ जाला कइके दरशनवा

भरे अनधन से ओकर भंडार बालमा

माई महिमा ह जग में अपार बालमा


सागर सनेही राख मनवा में आश हो

मनसा पुरइहें माई कर विश्वास हो

हई आश विश्वास के आधार बालमा

माई महिमा ह जग में अपार बालमा