माई महिमा ह जग में अपार बालमा
एके मानेला सगरी संसार बालमा
मथवा मुकुट सोहे ललकी चुनरिया
कंगना कलाई सोहे अंगुरी मुनरिया
ऊ त शेरवा पर बाड़ी सवार बालमा
माई महिमा ह जग में अपार बालमा
दुर्गति हारिणी कहीं दुर्गा कहइली
कहीं विन्ध्य वासनी के नाम से पुजइली
भरल रहेला उनके दरबार बालमा
माई महिमा ह जग में अपार बालमा
एक बात अउरी सब कहेला सजनवा
दुख दूर होइ जाला कइके दरशनवा
भरे अनधन से ओकर भंडार बालमा
माई महिमा ह जग में अपार बालमा
सागर सनेही राख मनवा में आश हो
मनसा पुरइहें माई कर विश्वास हो
हई आश विश्वास के आधार बालमा
माई महिमा ह जग में अपार बालमा
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें