मेरा ब्लॉग मेरी रचना- लव तिवारी संपर्क सूत्र- +91-9458668566

अरे रामा सावन महीना बा आइल आ पख बा अजोरिया ए हरि रचना साधना शाही वाराणसी ~ Lav Tiwari ( लव तिवारी )

Flag Counter

Flag Counter

मंगलवार, 5 सितंबर 2023

अरे रामा सावन महीना बा आइल आ पख बा अजोरिया ए हरि रचना साधना शाही वाराणसी

*कजरी, हरियाली तीज*

अरे रामा! सावन महीना बा आइल,
आ पख बा अजोरिया ए हरि।

तिथि तृतीया क शुभ दिन बा आइल ,
मिल-जुली तिरिया मंगल बा गाइल,
हथवा में मेहंदी,पेड़वा पर झूला,
सावन का मस्ती सबका पर छाइल,
अरे रामा! धरती ओढ़े हरी चादर,
आनंद भरी गागर ए हरि ।

अरे रामा! सावन महीना बा आइल,
आ पख बा अजोरिया ए हरि।

मनवा क मोरवा बा घूम- घूम नाचत,
मेंहदी लगवला से सुख- समृद्धि आवत,
सुहाग अऊर ख़ुशी चारो ओर बिखरल बा,
नईकी कनियवा क जियरा बा गावत,
अरे रामा! बिटिया आवेली नइहर में,
बतावे पिया अनुभव ए हरि।

अरे रामा! सावन महीना बा आइल,
आ पख बा अजोरिया ए हरि।
घर-घर हरियाली तीज क धूम मचेला,
गऊंँआ नगरिया सबही सजेला,
हथवा क मेंहदी नियति से जोड़ें,
सुख- समृद्धि कभी मुँह नहीं मोड़े,
अरे रामा! माटी क भोले गऊरी बनाके,
कईल जाला पूजा ए हरी।

अरे रामा! सावन महीना बा आइल ,
आ पख बा अजोरिया ए हरी।

साधना शाही, वाराणसी