मेरा ब्लॉग मेरी रचना- लव तिवारी संपर्क सूत्र- +91-9458668566

Lav Tiwari ( लव तिवारी ): इतिहास गवाह बा क्षत्रिय बल से ना छल से मारल गईल बा -कुमार अजय सिंह गीतकार

Lav Tiwari On Mahuaa Chanel

we are performing in bhail bihan program in mahuaa chanel

This is default featured slide 2 title

Go to Blogger edit html and find these sentences.Now replace these sentences with your own descriptions.

This is default featured slide 3 title

Go to Blogger edit html and find these sentences.Now replace these sentences with your own descriptions.

This is default featured slide 4 title

Go to Blogger edit html and find these sentences.Now replace these sentences with your own descriptions.

This is default featured slide 5 title

Go to Blogger edit html and find these sentences.Now replace these sentences with your own descriptions.

Flag Counter

Flag Counter
इतिहास गवाह बा क्षत्रिय बल से ना छल से मारल गईल बा -कुमार अजय सिंह गीतकार लेबलों वाले संदेश दिखाए जा रहे हैं. सभी संदेश दिखाएं
इतिहास गवाह बा क्षत्रिय बल से ना छल से मारल गईल बा -कुमार अजय सिंह गीतकार लेबलों वाले संदेश दिखाए जा रहे हैं. सभी संदेश दिखाएं

गुरुवार, 7 दिसंबर 2023

इतिहास गवाह बा क्षत्रिय बल से ना छल से मारल गईल बा -कुमार अजय सिंह गीतकार

🗡️✍️ क्षत्रिय के बलिदान ✍️🗡️

बीरवन के बीर गति होखल,ई इतिहास के बात पुरान बा
अत्याचार के विरोध करे में,क्षत्रिय के भइल बलिदान बा 

चाहे लड़ाई आजादी के होखे,चाहे बॉडर के सुरक्षा के
बीना क्षत्रिय के शस्त्र उठइले,वतन के,के करी रक्षा के 
क्षत्रिय वंश के त्याग तप के,जानत जगत हिन्दुस्तान बा
अत्याचार के विरोध करे में,क्षत्रीय के भइल बलिदान बा 

जब करवट सता लेला,चाहे लाज राखेके होला कानुन के
रणभूमी में कुद जाला,अपने हाथे तिलक लगाके खुन के 
ना डेराला लड़े मरे से,ई लिखले अपने हाथ से दास्तान बा
अत्याचार के विरोध करे में,क्षत्रीय के भइल बलिदान बा 
 
पीठ पर वार करे ना जाने,घोंपे भाला सोझा से छाती पर 
विश्वासघात ना करेला,ना हाथ लगावे दोसरा के थाती पर
आपन सब कुछ लुटाके,दोसरे के बचावे में ई परेशान बा 
अत्याचार के विरोध करे में,क्षत्रीय के भइल बलिदान बा  

कफन के आपन पोसाक समझेला,मृत्यु के जानेऽ इयारी
कुर्बानी हॅंस के देला,भारत माता के धरती के हऽ पुजारी  
ठोक देबे सोझा सोझी,ठोके ठोकाय में पहिला स्थान बा 
अत्याचार के विरोध करे में,क्षत्रीय के भइल बलिदान बा 

माथ पर पगरी डाड़ में लंगोटा,हाथ में राखे मोटहन सोटा
कटइब कगरी त पटक के रगरी,धके बांह कबार दी झोटा
रहस अजय अपना संस्कार में,ऐकरा पर बेसी ध्यान बा 
अत्याचार के विरोध करे में,क्षत्रीय के भइल बलिदान बा  

बीर सुखदेव सिंह गोगामेणी के शहादत,अमर कहानी बा
फिर रामचन्द्र महराणा के वंशज,लिखले नया कहानी बा 
खुन के धार से निकलल ज्वाला,धरती पर ई कृतिमान बा 
अत्याचार के विरोध करे में,क्षत्रीय के भइल बलिदान बा 

सर्वाधिकार सुरक्षित @@
कुमार अजय सिंह गीतकार 

------------------------------------------------------------
इतिहास गवाह बा क्षत्रिय बल से ना छल से मारल गईल बा !!
बीर शहिद क्षत्रिय के कफन भारत माता के दिहल लहु से खंघारल गईल बा !!

कुमार अजय सिंह गीतकार 
नमन एवं विनम्र श्रद्धांजली।          
 🙏🙏🙏🙏🙏