मेरा ब्लॉग मेरी रचना- लव तिवारी संपर्क सूत्र- +91-9458668566

बहुत कठिन बा जिनिगिया के जिईल सुख दुख के सुई धागा लेके एके सियल- अजय त्रिपाठी ~ Lav Tiwari ( लव तिवारी )

Flag Counter

Flag Counter

गुरुवार, 29 जून 2023

बहुत कठिन बा जिनिगिया के जिईल सुख दुख के सुई धागा लेके एके सियल- अजय त्रिपाठी

बहुत कठिन बा जिनिगिया के जिईल-२
सुख दुख के सुई धागा-२ लेके एके सियल।
बहुत कठिन बा जिनिगिया के जिईल-२

केहू के भरोस नईखे मन भयभीत बा
परला पर केहू नाही हित के मीत बा-२
रोज रोज आँसुओ के-२ घोट इहा पीयल
बहुत कठिन बा जिनिगिया के जिईल-२

केकरा का आपन कही केकरा गैर हो
आगे बढ़त देख खींचे सब पैर हो-२
सहे के बधाव एहिजा-२ अपने के दीहल
बहुत कठिन बा जिनिगिया के जिईल-२

साथ रही तबले तोहरा जबले बा अरथ
छोड़ी दही साथ तुरते पुरते सवारथ-२
चुकता करके के पड़ी-२ जवन बाटे लिहल

बहुत कठिन बा जिनिगिया के जिईल-२
सुख दुख के सुई धागा-२ लेके एके सियल।
बहुत कठिन बा जिनिगिया के जिईल-२

गायक- श्री मदन राय जी
रचना- श्री अजय त्रिपाठी