मेरा ब्लॉग मेरी रचना- लव तिवारी संपर्क सूत्र- +91-9458668566

स्वर्ग से सुंदर बाटे युवराजपुर गंउवा हमार रचना नृपजीत सिंह ग़ाज़ीपुर ~ Lav Tiwari ( लव तिवारी )

Flag Counter

Flag Counter

गुरुवार, 29 जून 2023

स्वर्ग से सुंदर बाटे युवराजपुर गंउवा हमार रचना नृपजीत सिंह ग़ाज़ीपुर



पावनी गंगा माई के होखेला पहरा जहाँ,नृपजीत
माई के गर्भवे में गूंजे रामनामी लहरा जहाँ,
साधु संतन से होला जहवाँ माटी के सिंगार
स्वर्ग से सुंदर बाटे युवराजपुर गंउवा हमार,

संस्कृति संस्कार जहवाँ जनमे से बा
अतिथि सत्कार जहवाँ कण कण में बा
जहवाँ उपजेलन बिरना देसवा के कर्णधार
स्वर्ग से सुंदर बाटे युवराजपुर गंउवा हमार,

नृपजीत सिंह (निप्पी सिंह)