मेरा ब्लॉग मेरी रचना- लव तिवारी संपर्क सूत्र- +91-9458668566

डोले रसवंती बयरिया हो रामा-सगरी नगरिया- बसंती चइता ~ Lav Tiwari ( लव तिवारी )

Flag Counter

Flag Counter

रविवार, 11 सितंबर 2022

डोले रसवंती बयरिया हो रामा-सगरी नगरिया- बसंती चइता

डोले रसवंती बयरिया हो रामा-सगरी नगरिया

चइता चतुर चित चुपके चोरवे
चंदा चहकि चाँदनी चटकावे
छल कलि रस के गगरिया हो रामा-सगरी नगरिया
डोले रसवंती बयरिया हो रामा-सगरी नगरिया

पिपरा के डारी लहरे कंचन पाती
निमिया झरेले जइसे लवंगहि लाची
खुली गइली गन्ध के गठरियाँ हो रामा- सगरी नगरिया
डोले रसवंती बयरिया हो रामा- सगरी नगरिया

ढंरकलि धरती के चढ़ली जवनियाँ
देखते देखते जैसे हो गईली जोगिनिया
ओढ़ी राम नामी चदरिया हो रामा-सगरी नगरिया
डोले रसवंती बयरिया हो रामा- सगरी नगरिया