मेरा ब्लॉग मेरी रचना- लव तिवारी संपर्क सूत्र- +91-9458668566

ना आईल परदेशी ना आईल जाने कहाँ लुकाईल ना आईल परदेशी ना आईल- गोपाल राय निर्गुण ~ Lav Tiwari ( लव तिवारी )

Flag Counter

Flag Counter

रविवार, 7 अगस्त 2022

ना आईल परदेशी ना आईल जाने कहाँ लुकाईल ना आईल परदेशी ना आईल- गोपाल राय निर्गुण

ना आईल परदेशी ना आईल-४
जाने कहाँ लुकाईल
ना आईल परदेशी ना आईल-२

केतने अमावस पूरन मासी-३
बीतल सम्मत साल उदासी-२
पथरा पर फूल फुलाइल
ना आईल परदेशी ना आईल-२

लौवट लौवट के फागुन आईल-३
सावन मौसम में अंघुवाईल-२
पपीहा के बोल सुनाइल
ना आईल परदेशी ना आईल-२

पहिर के लाल चुनर नौ लखिया-३
गईली पिया घर संग की सखिया-२
कजरा मोर धोवाईल
ना आईल परदेशी ना आईल-२

सजना के विश्वास का कईली-३
नइहर ना सासु के भईली-२
बरसत नयन झुराइल
ना आईल परदेशी ना आईल-२

जाने कहाँ लुकाईल
ना आईल परदेशी ना आईल-२