मेरा ब्लॉग मेरी रचना- लव तिवारी संपर्क सूत्र- +91-9458668566

कहवाँ उड़ उड़ जाली चिरईया कहाँ उनकर गांव रे जब जब करेलें सोन पिजरवा लागे हिया में घांव रे-२ ~ Lav Tiwari ( लव तिवारी )

Flag Counter

Flag Counter

शुक्रवार, 19 अगस्त 2022

कहवाँ उड़ उड़ जाली चिरईया कहाँ उनकर गांव रे जब जब करेलें सोन पिजरवा लागे हिया में घांव रे-२

कहवाँ उड़ उड़ जाली चिरईया कहाँ उनकर गांव रे
जब जब करेलें सोन पिजरवा लागे हिया में घांव रे-२

पता न केवना देश से कब ई बगीया में आ गईली
वोही चदरिया कया के उन मनही मन मुस्कइली
जा से खेलली ओल्हा पाती आ जिनगी के दाव रे
जब जब करेलें सोन पिजरवा लागे हिया में घांव रे-२

देखी बदरिया ऊपर सूरज चांन बड़ा हरसैली
परदेशी परदेश में आ के आपन पता भुलइली
पवन बसन्ती के सुख पवली सहली धूप अ छांव रे
जब जब करेलें सोन पिजरवा लागे हिया में घांव रे-२

ना जाने एक दिन काहे के परमल नी खिसियली
मुहवा मोड़ के नेहिया तोड़ के खोतवा से उड़ गईल
केहू ना जाने उड़त चिरईया जईहे कौंन ठावँ रे
जब जब करेलें सोन पिजरवा लागे हिया में घांव रे-२

कहवाँ उड़ उड़ जाली चिरईया कहाँ उनकर गांव रे
जब जब करेलें सोन पिजरवा लागे हिया में घांव रे-२