मेरा ब्लॉग मेरी रचना- लव तिवारी संपर्क सूत्र- +91-9458668566

राते सुसकेली धनिया पलानी में करधनिया हेरागल पानी में भोजपुरी लोकगीत ~ Lav Tiwari ( लव तिवारी )

Flag Counter

Flag Counter

गुरुवार, 23 दिसंबर 2021

राते सुसकेली धनिया पलानी में करधनिया हेरागल पानी में भोजपुरी लोकगीत

बदन बा गरम आग पानी सेराइल
की जुलुम हो गइल बा नदी के नहाइल
बुझाता केहु के नजर बा, टे लागल
नहाते में ना जान कहा करधन हेराइल

राते सुसकेली धनिया पलानी में-२
करधनिया हेरागल पानी में -२

रहे पुरनकी असली चांनी
आ ऊपर से सोना के पानी २
छपरा से गढ़व्वले रहली २
एकर जोड़ा ना मिलिहे दुकानी में
करधनिया हेरागल पानी में.....

डाढ़ होगइल नदी के नहाइल
आ डाढ़ से करधन कहावा हेराइल -२
डाढ़ जे मंगिहे त कहावा से देहिब-२
रहले जीजाजी दिहले निसानी में
करधनिया हेराइल पानी में......

गइल जोहात कमर के नीचे
सड़ी खोल के लागली फ़ीचे
सब कुछ उलट पुलट के देखनी
खोजनी नदिया से अंगना दलानी में
करधनिया हेराइल पानी में........

राते सुसकेली धनिया पलानी में...२
करधनिया हेरागल पानी में -२