मेरा ब्लॉग मेरी रचना- लव तिवारी संपर्क सूत्र- +91-9458668566

देवी पचरा -ठाड़े लेके आरती अँगनवा नयना माई के निहारे- मनोज तिवारी मृदुल ~ Lav Tiwari ( लव तिवारी )

Flag Counter

Flag Counter

रविवार, 26 जून 2022

देवी पचरा -ठाड़े लेके आरती अँगनवा नयना माई के निहारे- मनोज तिवारी मृदुल

ठाड़े लेके आरती अँगनवा नयना माई के निहारे
माई के निहारे हो माई के निहारे -२
ठाड़े लेके आरती अँगनवा नयना माई के निहारे

नीम के पतईया से निचवा उतर जा
पूजा स्वीकारय अचरवा तू भर जा-२
निबिये पर लागल झुलनवा
नयना माई के निहारे

हर नवरात्र में बरत उठाई
तन मन मे शक्ति तोहरे से पाइब-२
तोहरे में लगली लगनवा
नयना माई के निहारे

घरवा भरल बा अन धन खजनवा
तोहरे कृपा से खेले ल ललनवा-२
माई लइका के बुझेलूँ सपनवा
नयना माई के निहारे

नरियल चुनरी से हम का रिझाईब
पूजा से बानी अज्ञान का चढ़ाईब-२
रखिये मनोज के ध्यानवा
नयना माई के निहारे

माई के निहारे हो माई के निहारे
ठाड़े लेके आरती अँगनवा नयना माई के निहा