मेरा ब्लॉग मेरी रचना- लव तिवारी संपर्क सूत्र- +91-9458668566

जियता में नाहीं नाहीं मुअला में अइल, बेटा ई का कइल- रचना विद्या सागर ~ Lav Tiwari ( लव तिवारी )

Flag Counter

Flag Counter

मंगलवार, 24 जून 2025

जियता में नाहीं नाहीं मुअला में अइल, बेटा ई का कइल- रचना विद्या सागर

जियता में नाहीं, नाहीं मुअला में अइल,
बेटा ई का कइल,

रीतियो रिवाज भूलि गइल
जबले जियल माई सबही से कहलस
बचवा हमार आई रहिया निहरलस
आवेके कहिके तूंहूं काहे नाहीं अइल
बेटा ई का कइल, रितियो...............

रुक गइली सांस, आश जिनगी के टूटल
तोहके निहारे खातिर आंख रहे खूलल
प्रीतिया के रीति त्यागी कहाँ अंझुरइल
बेटा ई का कइल रीतियो................

जीवन के साथी जब छोड़ि दिहली साथ हो
कइसे बिताइब दिनवा नइखे सुझात हो
"सागर" होइब हमार कइसे, माई के ना भइल
बेटा ई का कइल रीतियो रिवाज भुलि गइल