मेरा ब्लॉग मेरी रचना- लव तिवारी संपर्क सूत्र- +91-9458668566

कउवा कान ले के भागल धावल सगरी गाँव- डॉ एम डी सिंह ~ Lav Tiwari ( लव तिवारी )

Flag Counter

Flag Counter

बुधवार, 30 जुलाई 2025

कउवा कान ले के भागल धावल सगरी गाँव- डॉ एम डी सिंह

 कउवा कान ले के भागल धावल सगरी गाँव 

अइसे गहि के केहू छींकल जागल सगरी गाँव 


एक चिचिअइले समै चिचिआइल अरे बाप रे बाप 

भइल बउंका के पाछे देखा पागल सगरी गाँव 


लउर कपारे भेंट ना अस  बाप बाप चिल्लाइल

बिना मउअत के मउअत देवे लागल सगरी गाँव 


होरहा होरहा होरहा,  भइल  सिवाने हल्ला  

एक कियारी रहिला जम्मल धांगल सगरी गाँव 


बरध बंहेतरा बहक केहू क कइलस बड़ हेवान 

कान धरि के  राम दुहाई मांगल सगरी गाँव 


डॉ एम डी सिंह