मेरा ब्लॉग मेरी रचना- लव तिवारी संपर्क सूत्र- +91-9458668566

पीके शराब संइया देलें रोज गरिया करम हमार फूटल बा ए महतरिया ~ Lav Tiwari ( लव तिवारी )

Flag Counter

Flag Counter

मंगलवार, 15 जुलाई 2025

पीके शराब संइया देलें रोज गरिया करम हमार फूटल बा ए महतरिया

 पीके शराब संइया देलें रोज गरिया

करम हमार फूटल बा ए महतरिया


टोकला पर कहें पीहीं आपन कमाई

देले नाहीं पइसा हमके तोर बाप माई

बोलबी जो ढेर खइबी लबदा के मरिया

करम हमार फूटल बा ए महतरिया


घर में ना बाटे अब एगो बरतनवा

धीरे धीरे बेंचि दिहलस सगरी गहनवा

अब त बेचे की खातिर मांगे मोरी सारिया

करम हमार फूटल बा ए महतरिया


मना अगर करीं त तूरे लागे बक्सा

कहेला कि मारि के बिगाड़ देइब नक्शा

काटे खातिर लेके दउरे फरुहा,कुदरिया

करम हमार फूटल बा ए महतरिया


बलमा बेदर्दी के कइसे समझाईं

"सागर सनेही" कुछ रउयें बताईं

हमरा के सूझे नाहीं कवनो डहरिया

करम हमार फूटल बा ए महतरिया