मेरा ब्लॉग मेरी रचना- लव तिवारी संपर्क सूत्र- +91-9458668566

जय माता दी बोले ला जहनवा हो सजनवा माई के धमवा- अजय त्रिपाठी ~ Lav Tiwari ( लव तिवारी )

Flag Counter

Flag Counter

रविवार, 16 जनवरी 2022

जय माता दी बोले ला जहनवा हो सजनवा माई के धमवा- अजय त्रिपाठी

जय माता दी बोले ला जहनवा हो
सजनवा माई के धमवा........२

ऊँचा पहाड़ पर माई दरबार बा
केहुं जाला पैदल केहु घोड़ा प सवार बा
होले भीड़ सझियां विहनवा हो -२
सजनवा माई के धमवा........२

बाले बनराज बइठल दुवरे समनवा २
तीन पिंडी रूप में माई देलि दरसनवा २
देखी सुख पावेला नयनवा हो-२
सजनवा माई के धमवा........२

करे के नहान बान गंगा के विधान बा
बीच राह अरध कुमारी माई स्थान बा-२
गुफवा में देनी दरसनवा है माई
सजनवा माई के धमवा........२

लउटी के वैशनों माई दरबार से
जाला जहान सारा भैरो दरबार के-२
देखी उलसे से पूनम के मनवा हो-२
सजनवा माई के धमवा........२

जय माता दी बोले ला जहनवा हो
सजनवा माई के धमवा........२

रचना- अजय त्रिपाठी
मशहूर गीतकार संगीतकार
वाराणसी उत्तर प्रदेश