मेरा ब्लॉग मेरी रचना- लव तिवारी संपर्क सूत्र- +91-9458668566

लागल माई के कचहरी दुःख सुना ल भाई जी- मनोज तिवारी मृदुल ~ Lav Tiwari ( लव तिवारी )

Flag Counter

Flag Counter

शुक्रवार, 20 अक्तूबर 2023

लागल माई के कचहरी दुःख सुना ल भाई जी- मनोज तिवारी मृदुल

लागल माई के कचहरी दुःख सुना ल भाई जी
दर्शन पाके आपन मनवा जुड़ाल भाई जी

पहीले दिनवा शैलपुत्री के कलिह दर्शनवा
दूसरे दिनवा ब्रम्हचारणी के सज गइले असनवा-२
प्रथमे शैलपुत्री च द्वितीय ब्रम्हचारणी
तीसरे दिनवा चन्द्रघण्टा के रूप अलौकिक सोही
चौथे कुष्मांडा माई धरती अम्बर मोही
माई लगे आके बिगड़ी बना ल भाई जी

लागल माई के कचहरी दुःख सुना ल भाई जी-२

जय सकन्द मात पचवें दिन बोले सकल जहनवां
छःठवे दिन कात्यायनी माई के करे सब पूजनवा-२
एक बार प्रेम से बोलिये कात्यायनी मैया की जय
सातवे दिन माँ कालरात्रि बन सिंह चढ़ल माई अइहें
महा गौरी माई आठवें दिन दुष्टदलन हित आइहे

आके नारियल आ चुनरी चढ़ाल भाई जी-२
दर्शन पाके आपन मनवा जुड़ाल भाई जी-२

लागल माई के कचहरी दुःख सुना ल भाई जी
दर्शन पाके आपन मनवा जुड़ाल भाई जी