मेरा ब्लॉग मेरी रचना- लव तिवारी संपर्क सूत्र- +91-9458668566

दुर्गा मैया के सिंगार हो सिंगार सेवकन के जियरवा खो गईले- मनोज तिवारी मृदुल ~ Lav Tiwari ( लव तिवारी )

Flag Counter

Flag Counter

शुक्रवार, 20 अक्तूबर 2023

दुर्गा मैया के सिंगार हो सिंगार सेवकन के जियरवा खो गईले- मनोज तिवारी मृदुल

दुर्गा मैया के सिंगार हो सिंगार सेवकन के जियरवा खो गईले
तर पूज शरण संसार भक्तन के जियरवा खो गईले

जब जब भीड़ परल भक्तन पर भक्तन के तू तरलू
महिसासुर के मरलू, शुम्भ निशुम्भ के तू संघरलू-२
दुष्ट दलन बदे अवतार भक्तन के जियरवा खो गईले
दुर्गा मैया के सिंगार सेवकन के जियरवा खो गईले

बास सन देव नवरात्र में मईया गौरी बन के आवे
शारदीय नवरात्र में माई दुर्गा रूप देखावे
अरे दुर्गा रूप देखावे
एक शक्ति बा रूप हजार भक्तन के जियरवा खो गईले
दुर्गा मैया के सिंगार सेवकन के जियरवा खो गईले

दीन दुःखी जे केहु आवे, मनसा ओकर पुराला
खाली अचरा जेकेहु आवे, भर के झोली जाला
जग जाने ला-२ .............म्यूजिक
जग जाने सांच दरवार भक्तन के जियरवा खो गईले
दुर्गा मैया के सिंगार सेवकन के जियरवा खो गईले

एक हाथ मे भाला लिहले, दूजे में तलवारिया
लाल लाल अखियां बा तोहरो, भइले सिंघ असवरिया
माई भइले सिंघ असवरिया-२
एहि रूप भईल संघार भक्तन के जियरवा खो गईले
दुर्गा मैया के सिंगार सेवकन के जियरवा खो गईले

दुर्गा मैया के सिंगार हो सिंगार सेवकन के जियरवा खो गईले
तर पूज शरण संसार भक्तन के जियरवा खो गईले