मेरा ब्लॉग मेरी रचना- लव तिवारी संपर्क सूत्र- +91-9458668566

तोहरा बीना कतहुं लागे नाही मन रनीया हऊ जिन्दगी के हमरा तुहीं धन रनीया - गीतकार कुमार अजय सिंह ~ Lav Tiwari ( लव तिवारी )

Flag Counter

Flag Counter

बुधवार, 6 दिसंबर 2023

तोहरा बीना कतहुं लागे नाही मन रनीया हऊ जिन्दगी के हमरा तुहीं धन रनीया - गीतकार कुमार अजय सिंह

✍️ जिन्दगी के धन हमार रानी ✍️

तोहरा बीना कतहुं लागे,नाही मन रनीया
हऊ जिन्दगी के हमरा,तुहीं धन रनीयाऽ

ओठ चटकार लाल,सुगनी के ठोर बा
चढ़ल जवानी भरल,रस पोरे पोर बा
रह दिल के भीतर इहे,बा खखन रनीया
हऊ जिन्दगी के हमरा,तुहीं धन रनीयाऽ

दिनवा तऽ ऐने ओने,घुम फिरके कटेला
रतिया में बीना तोहके,अंखियां ना सटेला
सट के सुतीले मन होला,टनाटन रनीया
हऊ जिन्दगी के हमरा,तुहीं धन रनीयाऽ

लवकुश तिवारी के,लेलऽ आशीर्वाद तु
गोलु साथे जीवन कटी,रहबु आबाद तु
"अजय" कहस बड़ा लागेलु निमन रनीया
हऊ जिन्दगी के हमरा,तुहीं धन रनीयाऽ

सर्वाधिकार सुरक्षित @@
कुमार अजय सिंह गीतकार

पत्नि भक्त गोलु जी के सेवा में सादर समर्पित भेंट संदेश द्वारा लवकुश तिवारी गाजीपुर उत्तर प्रदेश 🌹❤️🌹❤️🌹