मेरा ब्लॉग मेरी रचना- लव तिवारी संपर्क सूत्र- +91-9458668566

भजमन सीता राम भज सीताराम के दूजा ना सहारा कौनो भज राधेश्याम के- अजय त्रिपाठी ~ Lav Tiwari ( लव तिवारी )

Flag Counter

Flag Counter

मंगलवार, 7 मार्च 2023

भजमन सीता राम भज सीताराम के दूजा ना सहारा कौनो भज राधेश्याम के- अजय त्रिपाठी

तोहरे पे आस बाटे और विश्वास बा, तुही त लगयब बेड़ा पार हो-२

भजमन सीता राम भज सीताराम के
दूजा ना सहारा कौनो भज राधेश्याम के-४

दुनिया के रिश्ता नाता बस खाली नाम के
भजमन सीता राम भज सीताराम के
दूजा ना सहारा कौनो भज राधेश्याम के
सीता राम सीताराम भज सीता राम के
दूजा ना सहारा कौनो भज राधेश्याम के

********
यज्ञ हवन पूजा में ताड़का निस दिन विघ्न डारी
संत समाज राम के भजले बिपत परल जब भारी
विश्वमित्र के आज्ञा पाके राघव देहनी मारी
राम राम कही चली-२ गईली सुरधाम के।

भजमन सीता राम भज सीताराम के
दूजा ना सहारा कौनो भज राधेश्याम के
सीता राम सीताराम भज सीता राम के
दूजा ना सहारा कौनो भज राधेश्याम के


तोहरे पे आस बाटे और विश्वास बा, तुही त लगयब बेड़ा पार हो-२

*******
द्रुपद सुता के लाज बचवले, भरल बीच समाज
हो असहाय हरि के भजले, फसले जब गजराज
गाह के मारी प्रभु गज के उबरे लक्ष्मीपति महाराज
छन में सवेरे हरि-२ बिगड़ काम के

भजमन सीता राम भज सीताराम के
दूजा ना सहारा कौनो भज राधेश्याम के
सीता राम सीताराम भज सीता राम के
दूजा ना सहारा कौनो भज राधेश्याम के