मेरा ब्लॉग मेरी रचना- लव तिवारी संपर्क सूत्र- +91-9458668566

चारो भैया लिहल जनमवा हो रामा चैत शुभ दिनवा (चैइता गीत) ~ Lav Tiwari ( लव तिवारी )

Flag Counter

Flag Counter

रविवार, 20 मार्च 2022

चारो भैया लिहल जनमवा हो रामा चैत शुभ दिनवा (चैइता गीत)

चारो भैया लिहल, जनमवा, हो रामा

चैत शुभ दिनवा................................-2

केकर हउव राम,  केकर हउव लक्ष्मण -2
केकर हउव  भरत भुवलवा हो रामा
चैत शुभ दिनवा................................ -2
चारो भैया लिहल, जनमवा, हो रामा
चैत शुभ दिनवा................................-2


कौशल्या के राम, सुमित्रा  के लक्ष्मण -2
कैकेयी के भरत भुवलवा हो रामा
चैत शुभ दिनवा................................ -2
चारो भैया लिहल, जनमवा, हो रामा

चैत शुभ दिनवा................................-2

के हो लुटावेला अन धन सोनवा-2
के हो लुटावेला कर कँगनवा हो रामा 
चैत शुभ दिनवा.
चारो भैया लिहल, जनमवा, हो रामा

चैत शुभ दिनवा................................-2


राजा लुटावेलन अन धन सोनवा-2
रानी लुटावेली कर कँगनवा हो रामा 
चैत शुभ दिनवा.
चारो भैया लिहल, जनमवा, हो रामा

चैत शुभ दिनवा................................-2